संत कबीर जयंती पे कासी में गंगा तीरे कबीर घाट स्थापना के मांग आ भोजपुरी क मान्यता के मांग भयल
रामेश्वर विश्वकर्मा रुद्रपुरी ब्यूरो चीफ खबर रुद्रपुर वाराणसी । विश्व भोजपुरी संघ दुआरा जेठ पुरनिमा पे जैन मंदिर काम्प्लेक्स, मैदागिन स्थित कार्यालय पे निरगुन संत कबीर दास के जयंती सरधा भाव से मनावत ओनके बीजक,रमैनी के पाठ करल गयल । अध्यक्षीय उद्बोधन करत विश्व भोजपुरी संघ कs महासचिव डॉ. अपूर्व नारायण तिवारी ‘बनारसी बाबू’ कहलन…


